
बंधन टूटे ना
Available in Bhojpuri
चित्रा अपना पति माधव के ओकरा दुष्ट सौतेली माँ नीला देवी अऊर ओकरा भतीजी श्वेता से रक्षा करे खातिर मर के वापस लौटेले अऊर ओके परिवार के करीबी दोस्त चंदा के नजदीक लावेले।
Director & Cast
TV Show Details
माधव के बियाह करावे के पीछे नीला के चाल
चंदा माधव के सपना देखेले। नीला एगो चाल के तहत माधव के दूसर बियाह के बात चलावेली, लेकिन ऊ चित्रा के याद करेला। आगे, नीला एगो तांत्रिक के बतावल टोटका करेली, लेकिन कवनो शक्ति ई सब ना होखे देले।
माधव के बियाह करावे के पीछे नीला के चाल
नीला के परेशान करेले चित्रा
चित्रा नीला के परेशान करेले, जेसे उनकर तबियत बिगड़ जाला। पंडित विंध्याचल से कहेला कि ऊ चंदा ही बिया जे माधव के संकट दूर कर सकेले। चंदा के सहेली ओके माधव के नाम से ताना मारेले, जेसे ऊ दुखी होले।
नीला के परेशान करेले चित्रा
विंध्याचल मांगेलें चंदा के हाथ
विंध्याचल चंदा के माँ के आपन सारा परेशानी बतावेलें अऊर माधव खातिर चंदा के हाथ मांगेलें। चंदा ई खबर सुन के खुशी से पागल हो जाले। नीला सपना देखेली कि माधव चंदा से बियाह कर के ओके अपना साथे घरे लाइल बा।
विंध्याचल मांगेलें चंदा के हाथ
चंदा पहुँचेले माधव के गाँव
चंदा अपना परिवार के साथे माधव के गाँव पहुँचेले अऊर माधव के ऊपर से एगो हादसा टलेला। एगो कौवा नीला पर हमला करेला अऊर ऊ घर के दोष निवारण के पूजा करावे के सोचेली। पूनम अपना पति के साथे माधव के घरे आवेले।
चंदा पहुँचेले माधव के गाँव
माधव के घरे आवेले चंदा
कार्तिक पूनम के पति के भूतिया कहानी सुनावेला। एगो औरत रमा के नीला के बारे में आगाह करेले। आगे, चंदा माधव के घरे आके अपना बियाह के बात करेले अऊर ओसे मिले के जिद करेले, लेकिन नीला के आदमी ओके रोकेलें।
माधव के घरे आवेले चंदा
चंदा से भइल बदसलूकी पर नाराज होला माधव
घर से दुत्कारल जाए के बाद चंदा सड़क पर माधव से टकराले। ओकरा साथे भइल बदसलूकी पर नाराज माधव ओके घरे लावेला अऊर नीला खुद के बचावे खातिर चाल चलेली। पूनम अऊर ओकर पति माधव खातिर चंदा के लावल खाना खा जालें।
चंदा से भइल बदसलूकी पर नाराज होला माधव
नीला रचेली चंदा के मारे के साजिश
नीला चंदा के मारे के साजिश रचेली, लेकिन अचानक उनका आदमियन के ऊपर झूमर गिर जाला। माधव चंदा के घरे आके रमा से ओकरा बियाह के बात करेला। आगे, चंदा खाना परोसेले, लेकिन नीला फोन कर के माधव के खाए से रोकेली।
नीला रचेली चंदा के मारे के साजिश
बियाह करे से माधव के इंकार
माधव चंदा के लेके पूजा में आवेला। कार्तिक भूत बन के जया के डरावेला। पूनम नीला के माधव अऊर चंदा के बियाह करावे के सुझाव देले। पंडित कहेला कि माधव के बियाह से घर में खुशहाली आई, लेकिन माधव इंकार करेला।
बियाह करे से माधव के इंकार
माधव करेला रूद्र के बियाह करावे के बात
माधव नीला से रूद्र के बियाह करावे के कहेला अऊर आपन जायदाद ओके अऊर कार्तिक के देवे के फैसला लेला। नीला जायदाद पावे के बाद चंदा के गाँव से निकाले के फैसला लेली। श्यामू माधव के बियाह करे के सुझाव देला।
माधव करेला रूद्र के बियाह करावे के बात
नीला बनावेली चंदा के गायब करे के योजना
चंदा माधव के चावल मिल पहुँच के ओके खाना खियावेले अऊर ऊ मजाक में ओसे बियाह करे के बात करेला। माधव के मन बदले ओसे पहिले नीला रूद्र से चंदा के गायब करे के कहेली, लेकिन तबे उनकर तस्वीर नीचे गिर के टूटेला।
नीला बनावेली चंदा के गायब करे के योजना
नीला के परेशानी बढ़ावेले चंदा
मंदिर में नीला अऊर काजल के घरवालन में बहस होला। चंदा माधव के सपना देखेले अऊर सवेरे ओकरा घरे आके घर के जिम्मेदारी संभाले के बात करेले। नीला वकील के इंतजार करेली अऊर चंदा भी वकील से मिले के बात करेले।
नीला के परेशानी बढ़ावेले चंदा
रूद्र बनावेला चंदा के जान से मारे के योजना
रूद्र वकील के आवे से पहिले चंदा के मारे के योजना बनावेला। रानी ओके फुसला के एगो अइसन पोखरा में डुबकी लगावे भेजेले, जेमें मगरमच्छ होला। रूद्र के आदमी ओपर वार करेलें अऊर ऊ अचेत होके पोखरा में गिरेले।
रूद्र बनावेला चंदा के जान से मारे के योजना
चित्रा माधव के देले दूसर बियाह के संकेत
वकील कहेला कि बिना माधव के पत्नी के जायदाद रूद्र अऊर कार्तिक के नाम कइल असंभव बा। रूद्र कुँवार रहे के बात करेला, जेसे दुखी माधव चित्रा के तस्वीर के सामने रोएला अऊर ऊ ओके दूसर बियाह करे के संकेत देले।
चित्रा माधव के देले दूसर बियाह के संकेत
चंदा के जिंदा देख के हैरान होली नीला
चंदा के जिंदा देख के नीला ओके बचावे वाली शक्ति के पता लगावे के ठानेली। बियाह के लेके माधव फैसला के बारे में जान के चंदा खुश होले। विंध्याचल माधव के चंदा से बियाह करे के कहेलें अऊर नीला सब सुन लेली।
चंदा के जिंदा देख के हैरान होली नीला
पूनम अऊर नीला के चाल में फँसेले चंदा
रूद्र काजल से अकेले में मिलेला। पूनम अऊर अखिलेश चंदा के चोट पहुँचावे खातिर फर्श पर तेल गिरावेलें, लेकिन ओपर नीला फिसल जाली अऊर दोष चंदा पर डालेली, जेकरा बाद माधव चंदा के थप्पड़ मारे खातिर हाथ उठावेला।
पूनम अऊर नीला के चाल में फँसेले चंदा
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 11, 2021 - एपिसोड़
At Madhav's behest, Chanda apologises to Neela and looks after her. Neela makes a false promise to her about her and Madhav's wedding. Later, Chitra uses Madhav's kurta to give Chanda a sign.
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 11, 2021 - एपिसोड़
नीला के असलियत से अनजान माधव
रूद्र काजल के अपना जाल में फँसावल चाहेला। चंदा माधव के कुर्ता लेके ओके याद करेले। आगे, काजल के दादी ओकर रिश्ता लेके माधव से मिलेली अऊर ओके बतावेली कि लक्ष्मी अऊर चित्रा के खून के पीछे नीला के हाथ बा।
नीला के असलियत से अनजान माधव
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 13, 2021 - एपिसोड़
Neela talks about never letting Kajal and Madhav get married. Later, she calls Shweta for her plan to usurp Madhav's wealth. Shweta hires henchmen to attack herself, and Madhav saves her.
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 13, 2021 - एपिसोड़
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 14, 2021 - एपिसोड़
Shweta sings Chitra's favourite song and Madhav misses Chitra. Chanda tears her scarf to tie on Madhav's injury, but Shweta throws it away. Later, a woman gives Chanda something to hypnotise Madhav.
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 14, 2021 - एपिसोड़
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 15, 2021 - एपिसोड़
Chanda puts a mark on Madhav's chest to hypnotise him. The next day, Madhav sees Shweta with soot and presumes that she is behind it. Madhav ousts Chanda from the house after she confesses the truth.
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 15, 2021 - एपिसोड़
माधव-चंदा खातिर विंध्याचल रखेलें पूजा
विंध्याचल माधव अऊर चंदा के मिलावे में आ रहल बाधा दूर करे खातिर एगो साधू से मिलेलें अऊर पूजा रखेलें। श्यामू के माधव पूजा में ले जाए आवेला, लेकिन श्वेता चित्रा के जइसन सज के ओकरा साथे चले के जिद करेले।
माधव-चंदा खातिर विंध्याचल रखेलें पूजा
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 19, 2021 - एपिसोड़
Shweta first tampers with Madhav's car. Later, Madhav gets late in trying to help a pregnant lady, which saddens Chanda. However, Chitra comes up with a way to help Madhav get to the temple.
Bandhan Tute Na - अक्टूबर 19, 2021 - एपिसोड़
विंध्याचल के पूजा होला सफल
माधव पूजा में पहुँचेला अऊर श्वेता कुछ ना कर पावेले। ज्योतिषी नीला से कहेला कि माधव अऊर चंदा के रिश्ता होखल तय बा। राजेश चंदा के फूल देला। चंदा श्वेता के ए बारे में बतावेले अऊर ऊ एगो नया योजना बनावेले।
विंध्याचल के पूजा होला सफल
चंदा पहिनेले चित्रा के साड़ी
नीला माधव के सामने चंदा के आशीर्वाद स्वरुप साड़ी, फल अऊर मिठाई देली। श्वेता चंदा के चित्रा के साड़ी अऊर गहना पहिनावेले अऊर सोचेले कि माधव ओके घर से निकाल दी, लेकिन ऊ एके चंदा के नादानी समझ के छोड़ देला।
चंदा पहिनेले चित्रा के साड़ी
माधव के जन्मदिन पर होला चंदा के अपमान
माधव के जन्मदिन पर चंदा ओकरा खातिर कपड़ा लावेले, जेकर सब अपमान करेलें। श्वेता माधव खातिर महंगा कोट पैंट मंगावेले अऊर ओके खुद तैयार करेले। आगे, माधव केक काटे चलेला, लेकिन अचानक ओके चित्रा याद आवेले।
माधव के जन्मदिन पर होला चंदा के अपमान
Details About बंधन टूटे ना TV Show :
| Movie Released Date | 20 Sep 2021 |
| Genres |
|
| Audio Languages: |
|
| Cast |
|
| Director |
|

